प्रभु अस्पताल वीरगंज में महिला पुलिस कर्मियन आ कैदियन के मुफ्त स्वास्थ्य जाँच

प्रभु अस्पताल में महिला पुलिस कर्मियन आ कैदियन के मुफ्त स्वास्थ्य जाँच
वीरगंज : प्रभु अस्पताल बीरगंज के ओर से जिला पुलिस कार्यालय, पर्सा के सहयोग से "समुदाय-पुलिस साझेदारी" कार्यक्रम के तहत महिला पुलिस कर्मी आ महिला बंदियन खातिर निशुल्क स्वास्थ्य जांच, परामर्श आ जागरूकता कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल।
कार्यक्रम महिला स्वास्थ्य पर केंद्रित रहे, स्वास्थ्य जांच, चिकित्सा परामर्श, जरूरी दवाई आ आगे के इलाज के बारे में मार्गदर्शन दिहल गइल।
प्रभु अस्पताल के वरिष्ठ स्त्री रोग विशेषज्ञ डॉ. लक्ष्मी थापा गुप्ता करीब 40 महिला पुलिस कर्मी आ एगो महिला कैदी के स्वास्थ्य जांच आ परामर्श दिहली।
कार्यक्रम में गर्भाशय आ गर्भाशय ग्रीवा के कैंसर समेत महिला के स्वास्थ्य के अलग-अलग मुद्दा के बारे में जागरूकता बढ़ावे के संगे-संगे निवारक देखभाल आ समय पर इलाज के जानकारी देवे पर भी ध्यान केंद्रित कइल गइल।
कार्यक्रम में मुख्य अतिथि के रूप में परसा के पुलिस अधीक्षक पवन कुमार भट्टराई शामिल रहलें. संयोजक दिलीप राज कार्की आ पुलिस उपाधीक्षक चक्र बहादुर मल्ल आ राजू कार्की भी मौजूद रहले.
प्रभु अस्पताल से नर्सिंग निदेशक सरिता सिंह, रेडियोग्राफर संजीत साह आ फार्मासिस्ट मिखा श्रेष्ठ कार्यक्रम में शामिल भइल लोग. एकर संचालन जिला पुलिस कार्यालय पर्सा के पुलिस निरीक्षक सोनी निम्हा फुकी कइली.
आयोजकन के मुताबिक, जिला भर में काम करे वाला पुलिसकर्मी के स्वास्थ्य जांच अवुरी स्वास्थ्य सेवा देवे खातीर विशेषज्ञ डॉक्टर के संगे समन्वय से आवे वाला दिन में भी एही तरह के स्वास्थ्य कार्यक्रम जारी राखल जाई
प्रभु अस्पताल सुलभ स्वास्थ्य सेवा, जागरूकता आ सामाजिक जिम्मेदारी के माध्यम से समुदाय के सेवा करे के आपन प्रतिबद्धता जारी रखले बा



