सानिमा रिलायंस लाइफ इंश्योरेंस के वर्षगांठ अभियान में डा॰ लक्ष्मी थापा रक्तदान कइली

प्रभु अस्पताल के निदेशक आ वरिष्ठ चिकित्सक डॉ लक्ष्मी थापा सानिमा रिलायंस लाइफ इंश्योरेंस के नउवां सालगिरह पर आयोजित रक्तदान शिविर में रक्तदान कइली।
रक्तदान जीवनदान हऽ.
प्रभु अस्पताल कहलस कि ऊ स्वस्थ समाज में योगदान देवे वाला मानवीय गतिविधियन के समर्थन करे खातिर प्रतिबद्ध बा। एह कार्यक्रम में परसा के सहायक मुख्य जिला अधिकारी सुमन कार्की, वरिष्ठ चिकित्सक डॉ मनोज कुमार, बीमा आ बैंकिंग प्रतिनिधि, लायंस क्लब के सदस्य आ नागरिक समाज के सदस्य शामिल भइले।



